चढ़त चढ़त त्रिकुट पहाड़वा भजन लिरिक्स:- गोपाल राय

चढ़त चढ़त त्रिकुट पहाड़वा भजन लिरिक्स

चढ़त चढ़त त्रिकुट पहाड़वा लिरिक्स, गोपाल राय

चढ़त चढ़त त्रिकुट पहाड़वा गोड़वा दुखाइल ए माई
बड़ी दूर से दर्शन करें भक्त बड़ुए आइल ए माई

श्रीधर के दिहलू मैया जइसे दर्शनवा
श्रीधर के दिहलू मैया जइसे दर्शनवा
अइसहीं पुरावा माई मोरा अरमानावा
तोहरे हीं नामावा के रटना समाइल ए माई
बड़ी दूर से दर्शन करें भक्त बड़ुए आइल ए माई
बड़ी दूर से दर्शन करें भक्त बड़ुए आइल ए माई

पिंडी रूप में बारू मईया गिरी पर विराजत
पिंडी रूप में बारू मईया गिरी पर विराजत
एहीजे से सारा जग के काज बाड़ू साजत
तोहरा दीयानवा से माई केहू ना भूलाई ए माई
बड़ी दूर से दर्शन करें भक्त बड़ुए आइल ए माई
बड़ी दूर से दर्शन करें भक्त बड़ुए आइल ए माई

पांडव पूजे ले मईया तोहरे चरणवा
पांडव पूजे ले मईया तोहरे चरणवा
महालक्ष्मी बनके मईया दिहलू अन धनवा
बांटत बांटत तोहरे खजनवा आउर बढ़ीआइल ए माई
बड़ी दूर से दर्शन करें भक्त बड़ुए आइल ए माई
बड़ी दूर से दर्शन करें भक्त बड़ुए आइल ए माई

चरण निशानावा के दर्शन कइनी
चरण निशानावा के दर्शन कइनी
हे रत्नाकर कन्या हम तर गईनी
दुनिया के दौलत मईया हमरा भेंटाइल ए माई
बड़ी दूर से दर्शन करें भक्त बड़ुए आइल ए माई
बड़ी दूर से दर्शन करें भक्त बड़ुए आइल ए माई

गोपाल राय भजन लिरिक्स

जोता वाली माई हउ आदि कुंवारी
जोता वाली माई हउ आदि कुंवारी
लाल लाल चुनरी बा गोटा आरी आरी
सेवका गोपाल शिव पुरी बाड़े आईल ए माई
बड़ी दूर से दर्शन करें भक्त बड़ुए आइल ए माई
बड़ी दूर से दर्शन करें भक्त बड़ुए आइल ए माई
चढ़त चढ़त त्रिकुट पहाड़वा गोड़वा दुखाइल ए माई
बड़ी दूर से दर्शन करें भक्त बड़ुए आइल ए माई
बड़ी दूर से दर्शन करें भक्त बड़ुए आइल ए माई

3 thoughts on “चढ़त चढ़त त्रिकुट पहाड़वा भजन लिरिक्स:- गोपाल राय”

Leave a Comment