सेजिया से सैंया रुठी गइले हो रामा भोजपुरी चैती लिरिक्स

सेजिया से सैंया रुठी

सेजिया से सैंया रुठी गइले हो रामा.. कोयल तोरी बोलिया
सेजिया से सैंया रुठी गइले हो रामा.. कोयल तोरी बोलिया-२
कोयल तोरी बोलियां बोलियां बोलियां बोलियां
सेजीया से सैया रुठी गइले हो रामा.. कोयल तोरी बोलिया

रोजे रोजे बोलेली तू सांझ सवेरावा
रोजे रोजे बोलेली तू सांझ सवेरावा
आजु काहे बोले आधी रतिया हो रामा
कोयल तोरी बोलिया
आजु काहे बोले आधी रतिया हो रामा
कोयल तोरी बोलिया, सेजीया से…

होत भोर तोहर खोतवा उजाड़बो
होत भोर तोहर खोतवा उजाड़बो
अउरो कटईबो घनी बगीया हो रामा
कोयल तोरी बोलिया
अउरो कटईबो घनी बगीया हो रामा
कोयल तोरी बोलिया.. सेजीया से सैया रुठी गइले हो रामा कोयल तोरी बोलिया-२

अगर आप आई पी एल 2022 के मैच के सभी प्लेयर और टाइम टेबल तालिका देखना चाहते हैं तो यहां देंखे

 

1 thought on “सेजिया से सैंया रुठी गइले हो रामा भोजपुरी चैती लिरिक्स”

Leave a Comment