हे जगदंबे अंबे मैया भजन लिरिक्स, गोपाल राय भजन लिरिक्स

हे जगदंबे अंबे मैया

हे जगदंबे अंबे मैया हे जगदंबे अंबे मैया

तोहरा से अरज हमारी बा

असरा लवले दुखियारी बा

हे जगदंबे अंबे मैया

तोहरा से अरज हमारी बा

असरा लवले दुखियारी बा

असरा लवले दुखियारी बा

 

तू देवी में महारानी हउ

तू ब्रह्मा के ब्रह्माणी हउ

तू देवी में महारानी हउ

तू ब्रह्मा के ब्रह्माणी हउ

तू आदी शक्ति हे जगजननी

तू आदी शक्ति हे जगजननी

तोहरे सगरो जयकारी बा

असरा लवले दुखियारी बा

असरा लवले दुखियारी बा

 

तू शिव के संग भवानी हउ

कान्हा के राधा रानी हउ

तू शिव के संग भवानी हउ

कान्हा के राधा रानी हउ

झोली लेके बा भक्त एगो

झोली लेके बा भक्त एगो

खड़ा कहिए से दुआरी बा

असरा लवले दुखियारी बा

असरा लवले दुखियारी बा

 

ब्रह्मा विष्णु अउरु शिव के

म्हातारी हउ तू हर जीव के

ब्रह्मा विष्णु अउरु शिव के

म्हातारी हउ तू हर जीव के

तू जग के पालनहार हउ

तू जग के पालनहार हउ

तोहरे से सृष्टि सारी बा

असरा लवले दुखियारी बा

असरा लवले दुखियारी बा

 

जे माई के गुण गावे ला

ऊ भरत परम सुख पावे ला

जे माई के गुण गावे ला

ऊ भरत परम सुख पावे ला

गोपाल के तू अपना लिहतू

गोपाल के तू अपना लिहतू

बेटा ई तोहर अनारी बा

असरा लवले दुखियारी बा

असरा लवले दुखियारी बा

हे जगदंबे अंबे मईया

तोहरा से अरज हमारी बा

असरा लवले दुखियारी बा

असरा लवले दुखियारी बा

1 thought on “हे जगदंबे अंबे मैया भजन लिरिक्स, गोपाल राय भजन लिरिक्स”

Leave a Comment