चुनरिया में दाग लग गईल लिरिक्स- मदन राय निर्गुण

चुनरिया में दाग लग गईल लिरिक्स- मदन राय निर्गुण

  चुनरिया में दाग लग गईल लिरिक्स- मदन राय निर्गुण

बइठल रोवेली गुजरिया हो
चुनरिया में दाग लग गईल ।
बइठल रोवेली गुजरिया हो
चुनरिया में दाग लग गईल ।
कइसे जाईं पिया के नगरिया हो
कइसे जाईं पिया के नगरिया हो
चुनरियां में दाग लग गईल ॥
बइठल रोवेली गुजरिया हो
चुन्दरिया में दाग लग गईल

आईल बा गवना क हमरो सनेसवा
जाएके बा हमरा के पियवा के देशवा ।
काँच बारी, कांच बारी हमरी उमिरिया हो
चुनरियां में दाग लग गईल ।
कांच बारी हमरी उमिरिया हो
चुनरियां में दाग लग गईल ।
बइठल रोवेली गुजरिया हो
चुनरियां में दाग लग गईल ॥

नईहर में चार गो यार बनवलीं
दिनरात उन्हीं से नैना लड़वलीं ।
उनके उनके सुतउलीं हम सेजरिया हो
चुनरियां में दाग लाग गईल ।
उनके सुतउलीं हम सेजरिया हो
चुनरियां में दाग लग गईल ।
बइठल रोवेली गुजरिया हो
चुनरियां में दाग लग गईल ॥

चार बात सजना क हम भूल गईलीं
पछतात बानी की ई का कईलीं ।
डोली आईल डोली आईल हमरो दुअरिया हो
चुनरियांं में दाग लग गईल ।
डोली आईल हमरो दुअरिया हो
चुनरियां में दाग लग गईल ।
बइठल रोवेली गुजरिया हो
चुनरियां में दाग लग गईल ॥

चुनरी क दाग “दीप” कईसे छुड़ाईब
कईसे हम सजना के मुँहवा देखाईब ।
बरसेली बरसेली अँखिया से बदरिया हो
चुनरियां में दाग लग गईल ।
बरसेली अँखिया से बदरिया हो
चुनरियां में दाग लग गईल ।
बइठल रोवेली गुजरिया हो
चुनरियां में दाग लग गईल ॥
कइसे जाईं पिया के नगरिया हो
कइसे जाईं पिया के नगरिया हो
चुनरियां में दाग लग गईल ॥
बइठल रोवेली गुजरिया हो
चुनरियां में दाग लग गईल-3

और लिरिक्स के लिए यहां क्लिक करें

https://youtu.be/8fJOnblB7R8

Leave a Comment