नईहर से केहू नहीं अइले हो रामा चैती लिरिक्स, भोजपुरी चैती

नईहर से केहू नहीं

नईहर से केहू नहीं अइले हो रामा बितल फगुनवा

नईहर से केहू नहीं अइले हो रामा बितल फगुनवा

केहू नहीं अइले रामा केहू नहीं अइले

नइहर से केहू नहीं अइले हो रामा बितल फगुनवा

 

बाबा जे रहते त नौवा के पेठइते

बाबा जे रहते त नौवा के पेठइते

नौवा के पेठईते रामा नौवा के पेठइते

संघे संघे सेनुरा लहठिया हो रामा बितल फगुनवा

संघे संघे सेनुरा लहठिया हो रामा बितल फगुनवा

नइहर से केहू नहीं अइले हो रामा बितल फगुनवा

 

आमा जे रहते त भईया के पेठइते

आमा जे रहते त भईया के पेठइते

भईया के पेठइते रामा भईया के पेठइते

पूरी जइते मोरा अरमानावा हो रामा बितल फगुनवा

पूरी जइते मोरा अरमानावा हो रामा बितल फगुनवा

नइहर से केहू नहीं अइले हो रामा बितल फगुनवा

बितल फगुनवा रामा बितल फगुनवा

नइहर से केहू नहीं अइले हो रामा बितल फगुनवा

नइहर से केहू नहीं अइले हो रामा बितल फगुनवा

 

दोस्तों क्या आप बेरोजगार हैं? क्या आप गांव में रहते हैं? क्या आपके पास पूंजी नहीं है? क्या आप घर बैठे बिजनेस करना चाहते हैं? तो कम लागत में इस बिजनेस को करें और 30 से ₹50000 का महीना घर बैठे कमाए

1 thought on “नईहर से केहू नहीं अइले हो रामा चैती लिरिक्स, भोजपुरी चैती”

Leave a Comment