सखी रे होली के दिन नियराइल। होली गीत लिरिक्स

सखी रे होली के दिन नियराइल

सखी री होली के दिन नियराइल रेे
मोरा पिया के सन्देश न आइल रे
मोरा पिया के सन्देश न आइल रे
सखी रे होली के दिन नियराईल रेे
मोरा पिया के सन्देश न आइल रे
मोरा पिया के सन्देश न आइल रे

भेजनी कएगो चिठ्ठी तार आइल एको न जवाब
भेजनी कएगो चिठ्ठी तार आइल एको न जवाब
सखी रेे सोंची सोंची जीया घब्राइल रे
मोरा पिया के सन्देश न आइल रे…
मोरा पिया के सन्देश न आइल रे

लाल पियर रंग हाजार और उडे़ला गुलाल
लाल पियर रंग हाजार और उड़ेला गुलाल
सखी रे हमरा के छोड़ी सब हमरा के छोड़ी सब
रंगाइल रे मोरा पिया के सन्देश न आइल रे
मोरा पिया के सन्देश न आइल रे

बहे फगुनी बेयार कुहके जीयारा हमार
बहे फगुनी बेयार कुहके जीयारा हमार
सखी रे अरुण पिया के न अरुण पिया के न बुझाइल ये
मोरा पिया के सन्देश न आइल रे
मोरा पिया के सन्देश न आइल रे
सखी रे होली के दिन नियराइल रेे
मोरा पिया के सन्देश न आइल रे
मोरा पिया के सन्देश न आइल रे

 

ग्रामीण इलाके में रहने वाले कोई भी व्यक्ति घर बैठे बिना अधिक लागत के इस रोजगार को करके महीने का २०००० रूपये से लेकर १००००० तक कमा सकते हैं

Leave a Comment