Site icon Geetdairy

बंसिया बाज रही वृंदावन टुटल शिव शंकर के ध्यान लिरिक्स: कजरी

बंसिया बाज रही वृंदावन लिरिक्स

बंसिया बाज रही वृंदावन टुटल शिव शंकर के ध्यान
बसिया बाज रही वृंदावन टुटल शिव शंकर के ध्यान

कथुए चढ़ल शिव शंकर आवे कथुए चढ़ल भगवान
कथुए चढ़ल शिव शंकर आवे कथुए चढ़ल भगवान
जात कहां सब धावल धुपल जात कहां सब
धावल धुपल अइसन के सुख धाम

बसिया बाज रही वृंदावन टुटल शिव शंकर के ध्यान

बैल चढ़ल शिव शंकर आवे गरुड़ चढल भगवान
बैल चढ़ल शिव शंकर आवे गरुड़ चढल भगवान
गोपियन के संग झूला झूलत गोपियन के संग

जसोदा के सूत श्याम बसिया बाज रही वृंदावन
टुटल शिव शंकर के ध्यान

ग्वाल बाल सब धेनु चरावत संघ में आनंद धाम
ग्वाल बाल सब धेनु चरावत संघ में आनंद धाम
बंसी में सावन के लहरी बंसी में सावन के लहरी
निकले राधे नाम बसिया बाज रही वृंदावन
टुटल शिव शंकर के ध्यान
टुटल शिव शंकर के ध्यान

https://youtu.be/uDAsrkH2s6Q

 

Exit mobile version