निमिया के डाढी मईया डालेली आसनवा लिरिक्स, भरत शर्मा

निमिया के डाढी मईया डालेली आसनवा लिरिक्स, भरत शर्मा

निमिया के डाढी मईया डालेली आसनवा लिरिक्स, भरत शर्मा                                                                                                                                                                                    निमिया के डाढी मईया निमिया के डाढी मईया (भरत शर्मा का गीत)
डालेली आसनवा की झूमी झूमी ना
मईया झुलेली झुलनवा की झूमी झूमी ना
मईया झुलेली झुलनवा की झूमी झूमी ना

निमिया के डाढी मईया निमया के डाढी मईया
डालेली आसनवा की झूमी झूमी ना
मईया झुलेली झुलनवा की झूमी झूमी ना
मईया झुलेली झुलनवा की झूमी झूमी ना

सातो रे बहिनिया के भैरो हवे भईया
आदिशक्ति देवी के अनेक बाटे नईया
सातो रे बहिनिया के भैरो हवे भईया
आदिशक्ति देवी के अनेक बाटे नईया
जेकरा सहारा नाइखे जेकरा सहारा नईखे                                                        राखेली शरणवा की झूमी झूमी ना
मईया देली वरदनवा की झूमी झूमी ना                                                             ईया देली वरदनवा की झूमी झूमी ना

कामरु कमख्या, कलकत्ता वाली काली
मईहर में शारदा, विंध्याचल विंधवाली
कामरु कामाख्या, कलकत्ता वाली काली
मईहर में शारदा, विंध्याचल विंधवाली
काश्मीर में वैष्णो देवी काश्मीर में वैष्णो देवी                                                     जानेला जहनवा की झूमी झूमी ना
भक्त करे दर्शनवा की झूमी झूमी ना
भक्त करे दर्शनवा की झूमी झूमी ना

आरा आयरनदेवी  , बिहिया में महथिन दाई
शीतला बनारस बारी अन्नपूरणा माई
आरा आयरनदेवी , बिहिया में महथिन दाई
शीतला बनारस बारीं अन्नपूरणा माई
बड़ा भीड़ होला ओहिजा
बड़ा भीड़ होला धनतेरस के विहनवा की झूमी झूमी न
मईया देली अन्न-धनवा की झूमी झूमी ना
मईया देली अन्न-धनवा की झूमी झूमी ना

रजरप्पा छिन्नमस्तिका , कैमुर तारारानी
बाड़ी उजियार घाट मंगला भवानी
राजरप्पा छिन्नमस्तिका , कैमुर तारारानी
बाड़ी उजियार घाट मंगला भवानी
गहमर सकरागढ़ में कामाख्या अस्थनावा
की झूमी झूमी ना
करे चौबाबा पुजनवा की झूमी झूमी ना
करे चौबाबा पुजनवा की झूमी झूमी ना

भलुनी भवानी, पटनदेवी थावे वाली
बाड़ी डुमरांव डुमरेदनी अउरी काली
भलुनी भवानी, पटदेवी थावे वाली
बाड़ी डुमरांव डुमरेदनी अउरी काली
सावन सप्तमी के चढ़े पुआ पकवनवा
की झूमी झूमी ना
भरत गावेले भजनवा की झूमी झूमी ना                                                           भरत गावेले भजनवा की झूमी झूमी ना

मईया झुलेली झुलनवा लिरिक्स

निमया के डाढी मईया निमया के डाढी मईया
डालेली असनवा की झूमी झूमी ना
मईया झुलेली झुलनवा की झूमी झूमी ना
मईया झुलेली झुलनवा की झूमी झूमी ना-3

1 thought on “निमिया के डाढी मईया डालेली आसनवा लिरिक्स, भरत शर्मा”

Leave a Comment