फर गइले निंबुआ सोहर गइले पतिया की ना अइले लिरिक्स: शारदा सिन्हा

फर गइले निंबुआ सोहर गइले पतिया लिरिक्स

फर गइले निंबुआ सोहर गइले पतिया की ना अइले

फर गइले निंबुआ सोहर गइले पतिया की ना अइले

मोरा बाड़ बलमुआ से ना अईले

मोरा बाड़ बलमुआ से ना अईले

फर गइले नेमुआ सोहर गइले पतिया की ना अइले

फर गइले नेमुआ सोहर गइले पतिया की ना अइले

मोरा बाड़ बलमुआ से ना अईले

मोरा बाड़ बलमुआ से ना अईले

फर गइले निंबुआ सोहर गइले

 

जो हम जानती पिया मोरा अइहे टीशनवे पर

जो हम जानती पिया मोरा अइहे टीशनवे पर

जेवना लेके अईती टीशनवे पर जेवना लेके अईती टीशनवे पर

अपने भी खईती पिया के खिअइती टीशनवे

अपने भी खईती पिया के खिअइती टीशनवे

जेवना बनवईती गोतिनिया से जेवना बनवईती गोतिनिया से

 

जो हम जानती पिया मोरा अइहे टीशनवे पर

जो हम जानती पिया मोरा अइहे टीशनवे पर

पनिया लेके लेके अईती टीशनवे पर

पनिया लेके लेके अईती टीशनवे पर

अपने भी पीती पिया के पिअइती टीशनवे पर

अपने भी पीती पिया के पिअइती टीशनवे पर

पनिया मंगवईती देवरवा से पनिया मंगवईती देवरवा से

 

जो हम जानती पिया मोरा अइहे टीशनवे पर

जो हम जानती पिया मोरा अइहे टीशनवे पर

बिड़वा लेके अईती टीशनवे पर

बिड़वा लेके अईती टीशनवे पर

अपने भी खईती पिया के खिअइती टीशनवे

अपने भी खईती पिया के खिअइती टीशनवे

पनवा मंगवईती ननदिया से

पनवा मंगवईती ननदिया से

 

Leave a Comment