बाबा त विश्वकर्मा के महिमा महान बाटे भजन लिरिक्स: प्रिया प्रजापति

बाबा त विश्वकर्मा के महिमा महान बाटे

बाबा त विश्वकर्मा के महिमा महान बाटे-२
बाबा त विश्वकर्मा के महिमा महान बाटे-२
सबके कारज सांवारी ना सबके कारज सांवारेला
जानत जहान बाटे बाबा त विश्वकर्मा…..

मूर्ति बनावे के शक्ति इनके कृपा से होला
एक दिन आगे कइले इनका के बाबा भोला
मूर्ति बनावे के शक्ति इनके कृपा से होला
एक दिन आगे कइले इनका के बाबा भोला
इनका कृति के अभियो तक
इनका कृति के अभियो तक लंका निशान बाटे
बाबा त विश्वकर्माजी के महिमा महान बाटे..

विश्वकर्मा बाबा के अजबे निराला खेल हो
महिमा से इनका चलेला बंस गाड़ी अउरी रेल हो
विश्वकर्मा बाबा के अजबे निराला खेल हो
महिमा से इनका चलेला बंस गाड़ी अउरी रेल हो
इनके कृपा से अंबर में
इनके कृपा से अंबर में उड़त विमान बाटे
बाबा त विश्वकर्माजी के महिमा महान बाटे

17 सितंबर के दिना होला इनकर पूजनवा
भक्ति के भाव में हीं करेला लोग भजनवा
17 सितंबर के दिना होला इनकर पूजनवा
भक्ति के भाव में हीं करेला लोग भजनवा
पूजा के थाली लेकर लोगवा
पूजा के थाली लेके लोगवा धरत ध्यान बाटे
बाबा त विश्वकर्मा के महिमा महान बाटे
बाबा त विश्वकर्माजी के महिमा महान बाटे-२
सबके कारज सांवारी ना सबके कारज सांवारेला
जानत जहान बाटे, बाबा त विश्वकर्मा…..

 

मनोरंजन के लिए इंस्टाग्राम पर देखें टॉप 10 फेमस लड़कियों के वीडियो देख कर आपका इंजॉय कर पाएंगे।

Leave a Comment