मथुरा में कृष्ण जी जनम ले बधईया बाजे गोकुला सोहर लिरिक्स: भरत शर्मा व्यास

मथुरा में कृष्ण जी जनम ले

मथुरा में कृष्ण जी जनम ले बधईया बाजे गोकुला

बधईया बाजे गोकुला में हो ए ललना

ए ललना नंद घर भइले गुलजार

अंगनवा होखे सोहर हो ए ललना

नंद घर भइले गुलजार अंगनवा होेखे मंगल हो..

 

मथुरा में कृष्ण जी जनम ले बधइया बाजे गोकुला

बधइया बाजे गोकुला में हो ए ललना

ए ललना नंद घर भईले गुलजार

अंगनवा होखे सोहर हो…

 

कृष्ण पक्ष अष्टमी के रतिया

कृष्ण पक्ष अष्टमी के रतिया रहल बरसतिया

रहल बरसतिया नू हो

ए ललना लिहलन ब्रह्म अवतार

ललन भईले सुघर हो..

 

कृष्ण पक्ष अष्टमी के रतिया

कृष्ण पक्ष अष्टमी के रतिया रहल बरसतिया

रहल बरसतिया नू हो ए ललना

ए ललना लिहलन ब्रह्म अवतार

ललन भईले सुघर हो..

 

गवतारी बृजवा के नारी, नारी, नारी नारी.. ई

गवतारी बृजवा के नारी मांगेली नेग भारी

मांगेली नेग भारी नू हो ए ललना

ए ललना आशीर्वाद बड़ी सहजार

जियसु लाल तोहर हो…

 

आरे गावतारी… ई आरे ब्रिजवा के नारी

गवतारी बृजवा के नारी मांगेली नेग भारी

मांगेली नेग भारी नू हो ए ललना

ए ललना आशीर्वाद बड़ी सहजार

ललन जियस तोहर हो…

 

जशोदा झुलवतारी, झुलवतारी झुलवतारी

जशोदा झुलवतारी पलना झूलत बारे ललना

झूलत बारे ललना नू हो ए लालना

ए लालना केहू लुटावे गले हार

लुटावे केहू मोहर हो.

 

जशोदा झुलावत बारी जशोदा झुलावत बारी. ई.ई

यशोदा झुलावे जशोदा झुलावे

जशोदा झुलवतारी पलना झूलत बारे ललना

झूलत बारे ललना नू हो ए लालना

ए लालना केहू लुटावे गले हार

लुटावे केहू मोहर हो.

लालना केहू लुटावे गले हार

लुटावे केहू मोहर हो

 

किसी भी योजना के बारे में जानकारी लेना हो तो यहां पर जाएं

2 thoughts on “मथुरा में कृष्ण जी जनम ले बधईया बाजे गोकुला सोहर लिरिक्स: भरत शर्मा व्यास”

Leave a Comment